Ganesh Chaturthi 2021: फिल्म जगत में गणपति बप्पा के खूबे होला पूजा

"Ganesh Chaturthi 2021: फिल्म जगत में गणपति बप्पा के खूबे होला पूजा" © News18 हिंदी द्वारा प्रदत्त "Ganesh Chaturthi 2021: फिल्म जगत में गणपति बप्पा के खूबे होला पूजा"

‘एक दो तीन चार – गणपति जी की जयजयकार’, अगर रउआ बंबई गइल होखब त ई जयकारा जरूर सुनले होखब. हालांकि महाराष्ट्र के अलावा सगरो देश में, इहाँ तक कि विदेश में भी आज गणेश चतुर्थी के परब मनावल जा रहल बा. इहाँ बंबई के खास जिक्र एह चलते होता, काहें कि जवना धूमधाम से इहाँ गणेश महोत्सव होला, ओइसन उदाहरण बहुते कम बा. गणेश चतुर्थी से शुरू होखे वाला ई महापूजा अनंत चतुदर्शी के समाप्त होला. कुल 10 दिन ले ई महोत्सव चलेला आ बंबई में बहुते चहल पहल रहेला. अक्सर परिवार में गणपति बप्पा के स्थापना होला अउरी बंबईआ लोग ओही हिसाब से आपन शेड्यूल बना लेला. ओसहीं जेंगा उत्तर भारत में शरद के नवरात्र में धूम रहेला.

फिल्म जगत में त गणेश जी के बड़ा महातम बा. गणेश जी के पूजा सबसे पहिले होला. एकरा पीछे के कथा त रउआ लोग जानते होखब. कइसे गणेश जी माता पार्वती अउरी पिता शंकर जी के ही चक्कर लगा के सम्पूर्ण जगत के परिक्रमा पूरा कर लेहनी आ ओकरा बाद उहाँ के सर्वप्रथम पूजनीय देव के वरदान मिलल. फिल्म इंडस्ट्री में ओसहीं हर शुरुआत से पहिले गणपति के पूजा होला. निर्माता आ कलाकार कवनो धर्म आ मान्यता से होखे, हर रोज शूटिंग शुरू होखे से पहिले गणेश जी के प्रतिमा भा फोटो पर माला चढ़ा के, आरती करके, भोग लगा के ही शूटिंग करेला. रउआ फिल्म स्टारन के गणपति पूजा पर उत्साह त देखले होखब. गौरीनंदन के प्रति इ श्रद्धा ही बा कि उहाँ के फिल्म जगत में सबसे पूज्य बानी आ सभके ऊपर कृपा भी करेनी.

स्वतंत्रता सेनानी लोकमान्य तिलक साल 1893 में गणेश चतुर्थी के दिने पुणे में एगो बड़ आयोजन कइलें अउरी पंडाल में गणपति बप्पा के प्रतिमा रखववलें. ई अंग्रेजन के उ कानून के खिलाफ रहे जे में हिन्दू धर्म के लोगन के एक जगह कवनो धार्मिक आयोजन ना करे के ऐलान रहे. ई आयोजन बहुत सफल भइल बाकिर उ अंग्रेजन के नजर में बहुते ज्यादा गड़ गइलें. अइसन मान्यता बा कि गणेश चतुर्थी के दिने गणेश जी अपना माई पार्वती जी के साथे कैलाश पर्वत से धरती पर आवेनी आ दस दिन तक इहवें रहेनी. फेर उहाँ के अनंत चतुर्दशी के दिने वापस लौट जानी. एह बेरी विसर्जन 19 तारीख के होई.

फिल्मन में खूब देखावल जाला गणपति महोत्सव

फिल्मन में गणपति पूजा के बहुते सुंदर ढंग से देखावल जाला. कई बार त गणपति पूजा के पृष्ठभूमि में फिल्म के कहानी भी आगे बढ़ेला. साल 1981 में एगो फिल्म आइल रहे, हमसे बढ़कर कौन. फिल्म में चार गो भाई आ ओकनी के माई बिछुड़ जा तारी. गणपति के पूजा होता, उहाँ अमजद खान के किरदार भोलराम गणपति भजन ‘देवा रे देवा गणपति देवा’ गावत बा. ओहिजा गाना खतम होते भगदड़ मचत बा आ भोलराम अपना माई से मिल जात बा आ एह तरे चारु भाई मिल जात बाड़ें. अगिले साल 1982 में फिल्म आइल रहे, दर्द का रिश्ता. एह में सुनील दत्त रहलें. एह फिल्म में मुख्य किरदार के बेटी अस्पताल में भर्ती बिया. गणपति विसर्जन के समय बा. हीरो बेटी के कहला पर विसर्जन करे जात बा, तबे भजन बाजत बा. जइसे लवटता, ओकर बेटी के इलाज मिल जाता.

नयका अग्निपथ में रितिक रोशन के ‘देवा श्रीगणेशा’ त सभे सुनले होई. बहुते लोकप्रिय गाना ह अउरी हर गणपति उत्सव में खूब बाजेला. ई गाना भी फिल्म में कहानी से जुड़ल बा आ कथा के आगे बढ़ावत बा. विसर्जन के सीन में रितिक के किरदार विजय पर एगो गुंडा हमला करत बा. ओकरा बाद विजय अउरी खूंखार हो जात बा. अइसे ही कल्ट क्लासिक फिल्म सत्या में विसर्जन दृश्य के इस्तेमाल क्लाइमैक्स में कइल गइल बा. खाली बंबई में एगो आंकड़ा के हिसाब से डेढ़ लाख से ऊपर प्रतिमा के विसर्जन होला. आ ओही चलते समुद्र तट पर कई लाख के भीड़ उमड़ेला. ई विहंगम दृश्य के कई गो फिल्मन में सेटअप के रूप में प्रयोग कइल जाला. पुरनका अग्निपथ में अमिताभ बच्चन के ऊपर विसर्जन के दृश्य फिल्मावल बा, एगो सुंदर भजन भी बा, ‘गणपति अपने गाँव चले’.

राजकुमार अउरी गोविंदा के फिल्म मरते दम तक (1987) में गणपति के भजन बा, गणपति बप्पा मोरया. 1993 के फिल्म आँसू बने अंगारे में माधुरी दीक्षित पर फिल्मावल गीत बा, ई गीत अक्सर विसर्जन के बेरा बड़ बड़ डीजे पर भक्त बजा के नाचत-झूमत जालें. ई भजन के बोल बा, ‘गणपति बप्पा अगले बरस तुम जल्दी आना’. रउआ एगो बात सगरों गणपति भजन के कॉमन देखब. सब उत्सव, नृत्य आ फास्ट बीट के गीत बाटे. एके वजह बा कि गणपति पूजा बहुते ऊर्जा अउरी उत्साह के साथे लोग मनावेला अउरी विसर्जन पर जे ना नाचत होखे उहो नाचेला.

संजय दत्त के फिल्म वास्तव में मुंबई के पृष्ठभूमि बा. आ एगो बात जान लीं अगर कवनो फिल्म में बम्बइया स्टाइल देखावल गइल त ई पक्का बा गणपति पूजा के झलकी त रउआ ओ कहानी में जरूर मिली. ओसहीं शाहरुख खान के फिल्म डॉन के भजन ‘मौर्या रे बप्पा मौर्या रे’ भी हिट प्लेलिस्ट में बा. सलमान खान के फिल्म वांटेड में गणपति पूजा के सेटअप में एगो गाना बा. फिल्म एबीसीडी 2 में नृत्य करे वाला टीम गणपति भजन के तेज बीट पर आपन नाच के हुनर देखावत बा. फिल्म बाजीराव मस्तानी में सस्पेंस अउरी फाइट के दृश्य में ‘गजानना गणनायक’ भजन चलत बा, बाजीराव अउरी काशीबाई आरती करsता लोग, मस्तानी अपना संतान के बचावे खातिर दुश्मन से लड़त बाड़ी. रितेश देशमुख के फिल्म बैन्जो में बप्पा गाना बा. ई फिल्म ही मुंबई के एगो स्लम में रहे वाला साधनहीन लइकन के म्यूज़िकल ग्रुप के संघर्ष के कथा बा जवन गणपति में संगीत प्रस्तुति देके आपन रोटी कमात बाड़े सन. आ काल्ह के सलमान खान अउरी उनके बहनोई आयुष शर्मा के फिलिम ‘अंतिम’ के गणपति भजन ‘विघनहर्ता रिलीज भइल बा जे में वरुण धवन कैमिओ कइले बाड़ें.

( लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य और सिनेमा के जानकार हैं)

Ganesh Chaturthi 2021: फिल्म जगत में गणपति बप्पा के खूबे होला पूजा